देख अ ना बगीचा में.
सैया गइल बारन,
देखअ ना बगीचा में.
लाठा-लाठी भइल बा,
देखअ ना बगीचा में.
सैया गइल बारन,
देखअ ना बगीचा में.
अतना कहेनी तनी पीछे-पीछे रहीं,
आगे-आगे, उछलअ तारान,
देखअ ना बगीचा में.
सैया गइल बारन,
देखअ ना बगीचा में.
अरे दूध-पियत बच्चा,
आ हमरा के,
के देखी?
रोजे समझावेनी, रतिया, कमरा में,
दिन में फिर उनकर जोश मारताटे।
देखअ ना बगीचा में.
सैया गइल बारन,
देखअ ना बगीचा में.
परमीत सिंह धुरंधर
Advertisements